भजन - असुअन पग हम
असुअन पग हम धोयिब हो रामा ,
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा || टेक ||
जब मुयले में दस दिन बाचि ,
कईले धइले सब आगे नाची |
मुँह पे भन - भन करिहै मांछी,
टोला कही की छुवाव जल्दी बाछी |
तब हम केकरा के गोहराइब हो रामा ,
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा ||
केहु कही कि कर्म भोग ह ,
केहू कही कि असाध्य रोग ह |
केहू कही कि व्यर्थ बा दवाई ,
के गोईठा में घीउ सुखाई |
इनका मर गईले में बा भालाई,
तब हम केकरा के बोलाइब हो रामा
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा ||
असुअन पग हम धोयिब हो रामा ,
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा || टेक ||
जब मुयले में दस दिन बाचि ,
कईले धइले सब आगे नाची |
मुँह पे भन - भन करिहै मांछी,
टोला कही की छुवाव जल्दी बाछी |
तब हम केकरा के गोहराइब हो रामा ,
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा ||
केहु कही कि कर्म भोग ह ,
केहू कही कि असाध्य रोग ह |
केहू कही कि व्यर्थ बा दवाई ,
के गोईठा में घीउ सुखाई |
इनका मर गईले में बा भालाई,
तब हम केकरा के बोलाइब हो रामा
प्रभु दुर्दिन के पाहिले आ जा ||
No comments:
Post a Comment